Skip to main content

अंगरेजी बिसयसूची इतिहास भूगोलीय बिस्तार इहो देखल जाय संदर्भ नेविगेशन मेनू"Which countries are best at English as a second language?""English""Chinese, Mandarin"ओरिजनल

भाषायूरोप के भाषाअंगरेजी


इंग्लैंडभाषाअमेरिकाआस्ट्रेलियान्यूज़ीलैंडमिजोरमभाषा बिज्ञानपच्छिमी जर्मनिक भाषासंपर्क भाषालिंग्वा फ़्रैंकाबाल्टिक सागरफ्रांसीसीलैटिन भाषाब्रज काचरूअमेरिकायूनाइटेड किंगडमआस्ट्रेलियाकनाडाआयरलैंडयूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिकायूनाइटेड किंगडमआस्ट्रेलियाआयरलैंड










(function()var node=document.getElementById("mw-dismissablenotice-anonplace");if(node)node.outerHTML="u003Cdiv class="mw-dismissable-notice"u003Eu003Cdiv class="mw-dismissable-notice-close"u003E[u003Ca tabindex="0" role="button"u003Eलुकवाईंu003C/au003E]u003C/divu003Eu003Cdiv class="mw-dismissable-notice-body"u003Eu003Cdiv id="localNotice" lang="bho" dir="ltr"u003Eu003Cdiv align="center"u003Eu003Ca href="/wiki/%E0%A4%B5%E0%A4%BF%E0%A4%95%E0%A4%BF%E0%A4%AA%E0%A5%80%E0%A4%A1%E0%A4%BF%E0%A4%AF%E0%A4%BE:%E0%A4%95%E0%A5%87_%E0%A4%AC%E0%A4%BE%E0%A4%B0%E0%A5%87_%E0%A4%AE%E0%A5%87%E0%A4%82" title="विकिपीडिया:के बारे में"u003Eविकिपीडियाu003C/au003E के u003Ca href="/wiki/%E0%A4%AD%E0%A5%8B%E0%A4%9C%E0%A4%AA%E0%A5%81%E0%A4%B0%E0%A5%80" title="भोजपुरी"u003Eभोजपुरीu003C/au003E संस्करण पर राउर बहुत स्वागत बा।u003Cbr /u003Enअगर u003Ca href="/wiki/%E0%A4%B5%E0%A4%BF%E0%A4%95%E0%A4%BF%E0%A4%AA%E0%A5%80%E0%A4%A1%E0%A4%BF%E0%A4%AF%E0%A4%BE:%E0%A4%A8%E0%A4%BE%E0%A4%B0%E0%A4%BE%E0%A4%AF%E0%A4%AE" title="विकिपीडिया:नारायम"u003Eभोजपुरी में लिखेu003C/au003E में u003Ca href="/wiki/%E0%A4%B5%E0%A4%BF%E0%A4%95%E0%A4%BF%E0%A4%AA%E0%A5%80%E0%A4%A1%E0%A4%BF%E0%A4%AF%E0%A4%BE:%E0%A4%B2%E0%A5%87%E0%A4%96_%E0%A4%95%E0%A4%BE_%E0%A4%B9%E0%A5%8B%E0%A4%B2%E0%A4%BE%3F" title="विकिपीडिया:लेख का होला?"u003Eसक्षम होखींu003C/au003E आ कौनों बिसय पर u003Ca href="/wiki/%E0%A4%B5%E0%A4%BF%E0%A4%95%E0%A4%BF%E0%A4%AA%E0%A5%80%E0%A4%A1%E0%A4%BF%E0%A4%AF%E0%A4%BE:%E0%A4%B8%E0%A4%A4%E0%A5%8D%E0%A4%AF%E0%A4%BE%E0%A4%AA%E0%A4%A8_%E0%A4%9C%E0%A5%8B%E0%A4%97" title="विकिपीडिया:सत्यापन जोग"u003Eप्रमाण सहितu003C/au003E जानकारी जोड़ सकीं, एह u003Ca href="/wiki/%E0%A4%B5%E0%A4%BF%E0%A4%95%E0%A4%BF%E0%A4%AA%E0%A5%80%E0%A4%A1%E0%A4%BF%E0%A4%AF%E0%A4%BE:%E0%A4%B5%E0%A4%BF%E0%A4%95%E0%A4%BF%E0%A4%AA%E0%A5%80%E0%A4%A1%E0%A4%BF%E0%A4%AF%E0%A4%BE_%E0%A4%95%E0%A4%BE_%E0%A4%A8%E0%A4%BE_%E0%A4%B9%E0%A4%B5%E0%A5%87" title="विकिपीडिया:विकिपीडिया का ना हवे"u003Eज्ञानकोशu003C/au003E के बढ़ावे आ अउरी बेहतर बनावे में u003Ca href="/wiki/%E0%A4%B5%E0%A4%BF%E0%A4%95%E0%A4%BF%E0%A4%AA%E0%A5%80%E0%A4%A1%E0%A4%BF%E0%A4%AF%E0%A4%BE:%E0%A4%AF%E0%A5%8B%E0%A4%97%E0%A4%A6%E0%A4%BE%E0%A4%A8" title="विकिपीडिया:योगदान"u003Eमदद करींu003C/au003E।u003C/divu003Eu003C/divu003Eu003C/divu003Eu003C/divu003E";());




अंगरेजी




विकिपीडिया से






Jump to navigation
Jump to search




EN (ISO 639-1)


अंगरेजी, भा अंगरेजी भाषा (English language) मूल रूप से इंग्लैंड क भाषा हवे जेवन अब हर ओ देश में बोलल जात बा जहाँ जहाँ अंग्रेज लोग राज कइलें। आज अमेरिका, आस्ट्रेलिया आ न्यूज़ीलैंड जइसन देशन में ई मुख्य भाषा बा आ भारतीय क्षेत्र में भी ए भाषा क प्रचलन बहुत बा। भारत के मिजोरम नीयन कुछ राज्यन में ई सरकारी भाषा हवे।


भाषा बिज्ञान के बँटवारा के हिसाब से अंगरेजी एगो पच्छिमी जर्मनिक भाषा हवे जे मध्यकालीन इंग्लैंड में बोलल जाय आ अब बैस्विक रूप से संपर्क भाषा (लिंग्वा फ़्रैंका) बन चुकल बा।[1][2] प्राचीन काल में जर्मनिक मूल के एंगल्स नाँव के एगो जनजाति उत्तर-पूरुब दिशा से प्रवास क के इंग्लैंड आइल रहे जिनहन लोग के नाँव में एह भाषा के नाँव के जरि बा। अंतिम रूप से एह भाषा के नाँव बाल्टिक सागर में मौजूद एंग्लिया या एंग्लेन नाँव के प्रायदीप के नाँव पर पड़ल। अपना उच्चारण आ ब्याकरण के हिसाब से ई फ्रायसियन भाषा से सभसे नजदीक हवे, हालाँकि, एकरे शब्दभंडार में कई गो जर्मनिक भाषा सभ के परभाव सुरुआती मध्यकाल में पड़ल आ बाद में एह पर रोमांस भाषा सभ, खासतौर पर फ्रांसीसी आ लैटिन भाषा, के परभाव बहुत ढेर पड़ल।[3]




बिसयसूची





  • 1 इतिहास

    • 1.1 प्रोटो-जर्मनिक भा पुरनकी अंगरेजी


    • 1.2 मध्यकालीन अंगरेजी


    • 1.3 सुरुआती आधुनिक अंगरेजी



  • 2 भूगोलीय बिस्तार

    • 2.1 अंगरेजी के तीन गो हल्का



  • 3 इहो देखल जाय


  • 4 संदर्भ




इतिहास



प्रोटो-जर्मनिक भा पुरनकी अंगरेजी


अंगरेजी भाषा के सुरुआती रूप के पुरनकी अंगरेजी (ओल्ड इंग्लिश) या एंग्लो-सैक्सन (c. 550–1066 CE) कहल जाला। पुरनकी अंगरेजी के बिकास नार्थ सागर के आसपास के जर्मनिक बोली सभ से भइल जे फ्रायसिया, लोवर सैक्सनी, जटलैंड आ दक्खिनी स्वीडन में बोलल जाँय। एह बोली सभ के बोले वाला लोग के एंगेल्स, सैक्सन आ जट लोग कहल जाला। पाँचवीं सदी में ईहे ऐंग्लो-सैक्सन लोग उत्तर से आ के ब्रिटेन में बसे सुरू कइल आ ब्रिटेन से रोमन लोग के लखेदे सुरू कइल। सातवीं सदी के अंत ले रोमन लोग ब्रिटेन से बहरिया गइल आ जर्मनिक मूल के ऐंग्लो-सैक्सन भाषा ब्रिटेन के रोमानी भाषा सभ (43–409 CE) क जगह ले लिहलस। एह रोमनी भाषा सभ में: आम ब्रितानी, एगो सेल्टिक आ लैटिन भाषा रहे जे सीजर द्वारा ब्रिटेन पर कब्ज़ा के समय के बाद इहाँ स्थापित भइल रहे। इंग्लैंड आ इंग्लिश (मूल रूप से ÆnglalandÆnglisc) एही एंगल्स लोग के नाँव पर पड़ल हवे।



मध्यकालीन अंगरेजी


आठवीं से बारहवी सदी के बीच, पुरनकी अंगरेजी धीरे-धीरे क्रमिक रूप से कई भाषा सभ के संपर्क के कारण मध्यकालीन अंगरेजी (मिडिल इंग्लिश) के रूप लिहलस। एगो अट्रेंडम तरीका से मिडिल इंग्लिश के सुरुआत के विलियम (दि कॉन्करर) के इंगलैंड बिजय 1066 से भी जोड़ल जाला हालाँकि, एकर बिकास 1200–1450 के बीच ले के समय तक ले होखत रहल।


बारहवीं सदी तक पहुँचत-पहुँचत मिडिल इंग्लिश के पूरा बिकास हो गइल। एह में नॉर्स आ नॉरमन बिसेसता आ लच्छन सभ के समन्वय हो गइल आ इहे भाषा सुरुआती मॉडर्न अंगरेजी (1500) के बिकसित होखे से ठीक पहिले तक ले बोलल लिखल गइल। एह जमाना के साहित्यिक रचना में ज्यॉफ्री चौसर के दि कैंटरबरी टेल्स आ मैलरी के ले मोर्टे डि 'आर्थर के नाँव गिनावल जाला। एह दौर में क्षेत्रीय बोली सभ के साहित्य में प्रयोग में बढ़ती भइल आ ई चौसर नियर लोग द्वारा खास परभाव पैदा करे खातिर इस्तेमाल कइल गइलीं।



सुरुआती आधुनिक अंगरेजी


अंगरेजी भाषा के इतिहास में अगिला दौर के सुरुआती मॉडर्न इंग्लिश (1500–1700) के दौर कहल जाला। एह काल में जवन भाषा बिकसित भइल ओह में शामिल होखे वाला नया लच्छन रहलें: ब्यापक स्वर घसकाव (ग्रेट वॉवेल शिफ्ट) (1300-1700), इन्फ्लेक्शन के सहज होखल, आ भाषाबैज्ञानिक मानकीकरण (स्टैंडराइजेशन)।



भूगोलीय बिस्तार





मूलभाषा के रूप में अंगरेजी बोले वाला लोग के प्रतिशत




देस अनुसार अंगरेजी बोले वाला लोग के प्रतिशत

  80–100%

  60–80%

  40–60%

  20–40%

  0–20%

  नामौजूद


साल 2016 तक ले दुनिया में कुल 400 मिलियन (40 करोड़) लोग मूलभाषा के रूप में अंगरेजी बोले वाला रहल, मने कि एह लोग के पहिली भाषा अंगरेजी हवे; लगभग 1.1 बिलियन लोग एकरा के दुसरी भाषा के रूप में बोले वाला रहल।[4] अनुमान इहे बा कि अंगरेजी साइद दुनिया के तिसरी सभसे ढेर बोलल जाए वाली भाषा बा जेकरा से आगे दू गो भाषा बाड़ी सऽ, दुनिया के सभसे ढेर लोग द्वारा बोलल जाये वाली मैंडारिन, आ दुसरा नमर पर सभसे ढेर बोलल जाए वाली स्पेनिश भाषा।[5] हालाँकि, मूलभाषा आ गैर-मूलभाषा के रूप में बोले वाला लोग के जोड़ दिहल जाय तब जरूर हो सकेला कि ई दुनिया के सभसे बड़ भाषा होखे, निर्भर एह बात पर बा कि अइसन अनुमान कवना परिभाषा के आधार पर लागावल जा रहल बा।[6][7][8][9] अंगरेजी बोले वाला लोगन के समुदाय हर महादीप, दीप आ समुंद्री इलाका में जरूर मिल जाई।[10]


जवना देस सभ में अंगरेजी बोलल जाला उनहन के अलगा-अलगा समूह में बाँट के भी देखल जा सकत बा। आमतौर पर ई तीन गो सर्किल के रूप में बाँटल जाला: "अंदरूनी सर्किल" में[11] अइसन देस आवे लें जहाँ के मूलभाषा अंगरेजी हवे या फिर जहाँ के भाषा अंगरेजी के ऊँच साहित्यिक स्टैंडर्ड आ एकरे चालढाल के तय करे ला। अंगरेजी कौनों एगो देस के भाषा ना बा, न इ खाली अइसने देस सभ के भाषा बा जहाँ अंगरेज लोग जा के बस गइल। कई अइसन देस भी बाने जहाँ कुछे अंगरेज लोग जाके बसल बाकिर ई भासा उहाँ के राष्ट्रभाषा बाटे। एकरे अलावा ई अंतरराष्ट्रीय लेवल पर आपसी संबाद आ संपर्क के भाषा में भी बिकसित हो चुकल बा आ भूगोल के कौनों भी हिस्सा में जहाँ दू लोग एक दुसरा के भाषा न बूझत होखे, एकर इस्तेमाल क सके ला।



अंगरेजी के तीन गो हल्का


ऊपर बतावले गइल बा कि अंगरेजी बोले वाला बिस्व के तीन को सर्किल भा हल्का में बाँटल जाला।[11] तीन हल्का वाला एह मॉडल में "अंदरूनी हल्का" (इनर सर्किल), में अइसन देस आवे लें जहाँ के बिसाल लोकल समुदाय मूल भाषा भा महतारी भासा के रूप में बोले सीखे ला, "बाहरी हल्का" (आउटर सर्किल) में मूलभासा के रूप में अंगरेजी जाने बोले वाला लोग के संख्या कम बा बाकी दुसरी भासा के रूप में एकर ब्यापक चलन बा आ पढ़ाई-लिखाई आ मीडिया प्रसारण सभ में अंगरेजी के बहुतायत से इस्तमाल हो रहल बा आ सरकारी कामकाज में भी एकर भरपूर इस्तमाल हो रहल बा, अंत में "बिस्तारवान हल्का" (एक्सपैंडिंग सर्किल) बा जहाँ के लोग बिदेसी भाषा के रूप में अंगरेजी सीखे-पढ़े ला। अंगरेजी भासा के भूगोलीय बिस्तार के ई मॉडल भारतीय भाषाबिग्यानी ब्रज काचरू के दिहल गइल हवे आ ई अंगरेज लोग आ अंगरेजी के इतिहासी बिस्तार के आधार पर बनावल गइल हवे।[12]



ब्रज काचरू द्वारा दिहल अंगरेजी के तीन सर्किल

ब्रज काचरू के दिहल अंगरेजी के तीन सर्किल मॉडल।


अइसन देस जहाँ अंगरेजी के मूलभासाभासी (नेटिव स्पीकर) लोग बहुतायत में बा, अंदरूनी हल्क़ा के रूप में चिन्हित कइल गइल बा आ एह में अमेरिका, यूनाइटेड किंगडम, आस्ट्रेलिया, कनाडा, आयरलैंड आ न्यूजीलैंड के सामिल कइल गइल बा जबकि उल्लेखनीय संख्या में बोले वाला लोग के आबादी होखे के कारन दक्खिन अफिरका के भी एही सर्किल में गिनल जाला। मूलभासा के रूप में अंगरेजी बोले वाला लोग के आबादी के हिसाब से सजावल जाय तब सभसे ऊपर यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका (कमसेकम 231 मिलियन या 23.1 करोड़),[13] आ एकरे बाद घटत क्रम से यूनाइटेड किंगडम (60 मिलियन भा 6 करोड़),[14][15][16] कनाडा (19 मिलियन या 1.9 करोड़),[17]आस्ट्रेलिया (कम से कम 17 मिलियन),[18] दक्खिन अफिरका (4.8 मिलियन या 48 लाख),[19]आयरलैंड (42 लाख), आ न्यूजीलैंड (37 लाख)[20] के नाँव गिनावल जा सके ला। एह देस के बच्चा अपना माई-बाबू से अंगरेजी सीखे लें आ लोकल लोग जिनहन लोग के आपन भाषा कवनों दूसर बा या बाहर से आ के बसे वाला लोग (इमिग्रेंट) एह माहौल में आ कामकाज के जगह पर बातचीत करे खातिर अंगरेजी सीखे ला।[21] ई अंदरूनी हल्क़ा एगो अइसन आधार भा बेस देला जहाँ से बाहर के ओर अंगरेजी के बिस्तार होला।[12]




इहो देखल जाय


  • भोजपुरी


संदर्भ




  1. Crystal 2003a, p. 6.


  2. Wardhaugh 2010, p. 55.


  3. Finkenstaedt, Thomas; Dieter Wolff (1973). Ordered profusion; studies in dictionaries and the English lexicon. C. Winter. ISBN 3-533-02253-6..mw-parser-output cite.citationfont-style:inherit.mw-parser-output qquotes:"""""""'""'".mw-parser-output code.cs1-codecolor:inherit;background:inherit;border:inherit;padding:inherit.mw-parser-output .cs1-lock-free abackground:url("//upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/6/65/Lock-green.svg/9px-Lock-green.svg.png")no-repeat;background-position:right .1em center.mw-parser-output .cs1-lock-limited a,.mw-parser-output .cs1-lock-registration abackground:url("//upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/d/d6/Lock-gray-alt-2.svg/9px-Lock-gray-alt-2.svg.png")no-repeat;background-position:right .1em center.mw-parser-output .cs1-lock-subscription abackground:url("//upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/a/aa/Lock-red-alt-2.svg/9px-Lock-red-alt-2.svg.png")no-repeat;background-position:right .1em center.mw-parser-output .cs1-subscription,.mw-parser-output .cs1-registrationcolor:#555.mw-parser-output .cs1-subscription span,.mw-parser-output .cs1-registration spanborder-bottom:1px dotted;cursor:help.mw-parser-output .cs1-hidden-errordisplay:none;font-size:100%.mw-parser-output .cs1-visible-errorfont-size:100%.mw-parser-output .cs1-subscription,.mw-parser-output .cs1-registration,.mw-parser-output .cs1-formatfont-size:95%.mw-parser-output .cs1-kern-left,.mw-parser-output .cs1-kern-wl-leftpadding-left:0.2em.mw-parser-output .cs1-kern-right,.mw-parser-output .cs1-kern-wl-rightpadding-right:0.2em


  4. "Which countries are best at English as a second language?". World Economic Forum. पहुँचतिथी 29 नवंबर 2016.


  5. Ethnologue 2010.


  6. McCrum, MacNeil & Cran 2003, pp. 9–10.


  7. Crystal 2003a, p. 69.


  8. "English". Ethnologue. पहुँचतिथी 2016-10-29.


  9. "Chinese, Mandarin". Ethnologue. ओरिजनल से 26 September 2016 के पुरालेखित. पहुँचतिथी 2016-10-29.


  10. Crystal 2003b, p. 106.


  11. 11.011.1 Svartvik & Leech 2006, p. 2.


  12. 12.012.1 Kachru 2006, p. 196.


  13. Ryan 2013, Table 1.


  14. Office for National Statistics 2013, Key Points.


  15. National Records of Scotland 2013.


  16. Northern Ireland Statistics and Research Agency 2012, Table KS207NI: Main Language.


  17. Statistics Canada 2014.


  18. Australian Bureau of Statistics 2013.


  19. Statistics South Africa 2012, Table 2.5 Population by first language spoken and province (number).


  20. Statistics New Zealand 2014.


  21. Bao 2006, p. 377.









"https://bh.wikipedia.org/w/index.php?title=अंगरेजी&oldid=533498" से लिहल गइल










नेविगेशन मेनू




























(window.RLQ=window.RLQ||[]).push(function()mw.config.set("wgPageParseReport":"limitreport":"cputime":"0.188","walltime":"0.232","ppvisitednodes":"value":720,"limit":1000000,"ppgeneratednodes":"value":0,"limit":1500000,"postexpandincludesize":"value":9634,"limit":2097152,"templateargumentsize":"value":177,"limit":2097152,"expansiondepth":"value":7,"limit":40,"expensivefunctioncount":"value":0,"limit":500,"unstrip-depth":"value":1,"limit":20,"unstrip-size":"value":18591,"limit":5000000,"entityaccesscount":"value":0,"limit":400,"timingprofile":["100.00% 191.317 1 -total"," 51.61% 98.746 1 टेम्पलेट:Reflist"," 36.01% 68.886 19 टेम्पलेट:Sfn"," 33.12% 63.357 1 टेम्पलेट:Cite_book"," 6.14% 11.743 1 टेम्पलेट:Anchor"," 5.56% 10.638 2 टेम्पलेट:Cite_news"," 3.33% 6.374 1 टेम्पलेट:Cite_web"," 2.80% 5.350 6 टेम्पलेट:Legend"," 1.22% 2.329 6 टेम्पलेट:Trim"," 1.09% 2.089 1 टेम्पलेट:Clear"],"scribunto":"limitreport-timeusage":"value":"0.098","limit":"10.000","limitreport-memusage":"value":2276075,"limit":52428800,"cachereport":"origin":"mw1337","timestamp":"20190417083557","ttl":2592000,"transientcontent":false);mw.config.set("wgBackendResponseTime":127,"wgHostname":"mw1250"););

Popular posts from this blog

Trouble understanding the speech of overseas colleaguesHow can I better understand manager or clients with strong accents?Adding more movement and speech at the fundamental level to a highly-sedentary job?Difficulty in understanding Manager's accent(language and communication)How to adjust yourself where your colleagues are not understanding to you?Understanding manager's expectationsForeigner and colleagues using slangHaving difficulty understanding meetingsHow do you breathe when giving a speech?Trouble Waking Up for Emergencies (On-Call)Problems with colleaguesColleagues feeling insecure when I do my work

Is the concept of a “numerable” fiber bundle really useful or an empty generalization?Non trivial vector bundle over non-paracompact contractible spaceExample of fiber bundle that is not a fibrationGlobalising fibrations by schedulesFiber bundle = principal bundle + fiber?Numerable covers from the point of view of Grothendieck topologiesGlobal sections for torus fiber bundleAre there analogs of smooth partitions of unity and good open covers for PL-manifolds?Two natural maps asssociated with the nerve of a coverDescent theory, fibrations, and bundlesIn which sense are Euler-Lagrange PDE's on fiber bundles quasi-linear?What is the local structure of a fibration?Complete proof of Homotopy invariance of a numerable fiber bundle based on CHPLocally trivial fibration over a suspension

Are student evaluations of teaching assistants read by others in the faculty?Do teaching evaluations lead to lower standards in class?How can one learn from poor teaching evaluations?From which level of education, is it better to choose teacher assistants?Does better learning affect teaching evaluations? If so, how?Alternatives to relying solely on student evaluations of teaching to help administrators more accurately assess teaching effectivenessHow to handle communication about the class outside of the official channels, when I am a TA for a class that a friend is taking?What should I do as a TA if the instructor is not teaching properly?Are teaching assistants responsible for grading assignments not in their course?My students compliment my teaching and say they now approach the subject with newfound enthusiasm. Can I ask them to put this in writing?How to get teaching evaluations for a course as a TA / Co-instructor